Sports Jharkhand
बेटी के चांदी (रजत पदक) के चमक से हमनी के दुनिया उजियार हो गईल : जीतेन्द्र नारायण सिंह (मधुमिता के पिता)
sportsjharkhand.com टीम रांची
19:36:51

sportsjharkhand.com टीम

रांची

शनिवार की दोपहर जकार्ता से रजत पदक जीतने के बाद पूर्व खेल मंत्री सुदेश महतो के आवास पर मधुमिता अपने पिता जीतेन्द्र नारायण सिंह और कोच प्रकाश राम के साथ पहुंचती है। मधुमिता के पहुंचते ही माहौल में खुशियों के आंसू आंखों से मोती बनकर खुद-ब-खुद टपक पड़ते हैं। माहौल भावुक हो जाता है और सभी के आंख खुशी से नम हो जाते हैं। गुरुतुल्य सुदेश महतो व नेहा महतो का आर्शिवाद लेकर पत्रकारों से बातचीत का अनवरत सिलसिला चल पड़ता है। टीवी मीडिया के मित्रों के बाद हम खेल पत्रकार भी मधुमिता से मिले। इस दौरान जब ग्रुप फोटोग्राफरों के आग्रह पर ग्रुप फोटो होता है, अचानक कानों में भोजपुरी की सौंधी मिठास से ओत-प्रोत आवाज़ सुनाई पड़ती है ..तूहों लोग आजा, ओने कहां लुकाइल बाडअ.. सन। आवाज़ मधुमिता के पिता जीतेन्द्र नारायण सिंह ने अपने परिजनों को लगाई लेकिन कानों में मातृभाषा के शब्द पड़े तो अपनेपन का बोध कराने लगे। ग्रुप फोटो के बाद जहां खेल पत्रकारिता के सभी मित्र मधुमिता से उसके अनुभवों पर बातचीत करने में व्यस्त दिखे वहीं मैं सोफे पर अकेले में बैठे मूलतः भिखारी चौक, छपरा के निवासी मधुमिता के पिता जीतेन्द्र नारायण सिंह के मन की बात को टटोलने पहुंच गया। औपचारिक बातचीत के बाद करीब 10 मिनट तक जीतेन्द्र नारायण सिंह जी से मातृभाषा भोजपुरी में सिर्फ और सिर्फ मधुमिता से जुड़ी बातें हुईं। पेश है बातचीत के प्रमुख अंश  :


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : मधुमिता के सफलता प रउआ सभे के बधाई होखो, पदक जीतला पे घर-जवार के माहौल कईसन बा ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : (भोजपुरी में हुए सवाल से थोड़ा अचंभित होते हुए) बेटी बिदेस में चांदी के पदक जीत के हमनी के दुनिया उजियार क देहलस। अइसन उजियारा कइले बिया कि कबो सपनों में ना सोचले रहनी जा। हम जेकरा नइखी जानत उहो हमार बेटी के जानता, बधाई दे ता, घर-परिवार के नाम एतना उंचा कइले बिया कि इ करजा इ जनम में त हमनी से ना उतर पाई। देखीं इ सांच बात बा कि इ सब हमरा बस के ना रहे। एकरा खाती रउआ सभे लोग बधाई के पात्र बानी। ट्रेनिंग देबेवाला कोच, साथे खेलेवाला संघतिया, सुदेश जी, उनकर परिवार (नेहा महतो) अ रउआ सभे (पत्रकार) बधाई के पात्र बानी। एगो बेटी के बढ़ावे में रउआ सभे के साथ न मिलल रहित त हमार सार्मथ्य ना रहे। 


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : मधुमिता के सफलता पर सरकार-समाज से कौनो आस ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : एयरपोर्ट से इहां तक (सुदेश महतो के आवास तक) तक रोड प जे रेला तीरंगा के साथ लागल बा, एकरा ले बड़ पुरस्कार का होइ ? देखीं जेकरा जे खुशी होई उ देही। हमरा त जे भगवान जी दे देले बाड़ें हम ओही में खुश बानी। हम त छपरा से घर-दुरा छोड़ के रोजी-रोटी कमाये खाती घाटो आइल रहनी। 30-35 साल के नौकरी में जतना नाम ना भइल ओहसे जादा नाम बेटी के कारण हमार हो गइल, कौन बाप खुश ना होई। 


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : मैचवा के दिन घर में कईसन माहौल रहे ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : खुशी के माहौल रहे, हमरा पोतवा बार-बार टीवी के सामने हाथ जोड़के भगवान जी से कहत रहे कि ऐ भगवान जी हमार फुआ के जीता द। मेहरारू त दिल्ली चल गईल रहली, त पड़ोस के कुछ लोग अ रउआ लोनी (पत्रकार) संगे मैच देखनी सन। आखिरी बेरा में हवा के खेला ना होइत त सोना लेके अइती मधुमिता, लेकिन भगवान जे कइले बाड़न अच्छे सोच के कइले बाड़न। 


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : मधुमिता अब इहां से आगे कहां ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : गुरु जी कहले हं कि अबकी बार सोना छूट गईल बा, अगिला बार बटोरे के बा। ओहि के तैयारी में लागे के होई। सुननी हं कि 2024 के ओलंपिक में भी ई खेला हो सकअ ता। त तैयारी में लागे के होई, जतना मेहनत कईल गईल बा ओकरा से जादा मेहनत होई। 


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : मधुमिता के तीरंदाजी कइसे शुरू भइल ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : इ त हमरा बढ़िया से ईयाद नइखे कि इ सब कब आ कईसे शुरू भइल। स्कूल में केकरो देखले होई, मन भइल त हमरा से पूछलस की हम खेले के चाहs तानी त हामी भर देनी। फिर 2009 में देस भर के स्कूल (SGFI) के खेला में तीन गो सोना पदक लेके आ गईल। त विश्वास भइल कि कुछ क सकअ तिया। कोच सर अइलन आ कहलन कि बेटी के अकादमी में भेज दिहीं, देस के नाम करी, भेज दिहनी। कोच साहब के बात आज सांच हो गईल। उहां जब अइनी-गइनी त एगो बात जननी कि तीर निशाना में लागे से पहले आसमान में उड़े ला तब जाके निशाना प लागेला। बाहर से देखला प इ सब बुझाते ना रहे। टीवी पर रामायण महाभारत में देखले रहनी की तिरवा सीधे जात रहे, उहे दिमाग में रहे। सिल्ली गइला प इ सब बुझाइल। 


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : अब घर में के के खेले के चाहsता तीरंदाजी ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : अब त रेला लागल बा ! ढेरे लोग कह ता कि मधुमिता के साथे हमनियों के प्रैक्टिस करेम सन। अब त कोच लोग नू बताई कि के खेले लाएक बा। इ बात भइल बा कि घरे में ना बहरी भी खेल के माहौल बन गइल बा, सभे केहू खेलाड़ी बने के सपना देखे लागल बा। जे मेहनत करी, उ आगे बढ़ी, राह त अपने बनावे के पड़ी। 


स्पोर्टसझारखण्ड.कॉम : बेटी के इह उंचाई पर पहुंचावे में केकर हाथ देखs तानी ?

जीतेन्द्र नारायण सिंह : गुरु जी के बगैर कुछऊ संभव नइखे, एही से प्रकाश जी, शिशिर जी और सभे कोच जे हमार बेटी के तीरंदाजी सिखवलन। सुदेश जी एक उनकर परिवार (नेहा महतो) जे लोग गार्जियन के भूमिका में बा लोग। खेल के सामान, पढ़ाई, खाए-पिए, आए-जाए के खयाल अपना बेटा जईसन राखेला लोग। एकर अलावा भी कई लोग होखी जेकरा हम नइखी जानत, नइखी देखले लेकिन उ हमार बेटी के सफलता में आपन योगदान देले  होई, सभे बधाई के हकदार बा लोग। रउरों सभे (पत्रकार) बधाई के पात्र बानीं। सभे के हाथ जोड़के परणाम बा, हमार बेटी पर कृपा बनवले रखीं सभे, इहे निहोरा बा।